भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव, अल्ट बालाजी के साथ लेके आ रहल बारे भोजपुरी भाषा के पहीला वेब सीरीज 'हीरो वर्दीवाला'। वेब सीरीज के ट्रेलर अल्ट बालाजी के साथ-साथ निरहुआ म्यूजिक के यूट्यूब चैनल पर जारी कर देहल गईल बा। 'हीरो वर्दीवाला' में उत्तर प्रदेश के तेजपुर के कहानी दिखावल जाई आउर एकरा में गुंडा राज, राजनीति और प्यार के तड़का देखे के मिली। वेब सीरीज में दिनेश लाल यादव एक पुलिस वाला के रोल में नजर अइहन आउर उनका संगे रोमांस के तड़का लगइहन आम्रपाली दुबे। एकरा अलावा संजय पांडे निगेटिव रो में नजर अइहन। वेबसीरीज अल्ट बालाजी ऐप पर 25 जनवरी के रिलीज होई।